Bhojpuri jokes

हेल्लो जानू, कहां बारु ?

लड़का: हेल्लो जानू, कहां बारु ?
गर्लफ्रेंड: अभी हम पापा के स्कारपीओवा में बानी।
लड़का : पापा संगे बारे का?
गर्लफ्रेंड: ना ता, पापा बिज़ी रहलन तो ड्राईवर के संगे
भेज देहलन।
लड़का : अच्छा, कहां जात बारु?
गर्लफ्रेंड: छपरा जात बानी, पहले फिलिम देखम ओके बाद
शॉपिंग करेम। आ अगर टाइम मीली ता फ़ोन करेम, अच्छा
तू कहां हउआ अभी।
लड़का : जउन टाटा मैजिकवा में तु आगे के सीटवा में बैठल
बारू ना ओकरे पिछवा म हम लटकल बानी…अउर हां
भाड़ा मत दिह, तोहर हम दे देले बानी।.